रामनवमी हिन्दु लोग के महान पर्व मध्ये मे से एगो महत्त्वपूर्ण पर्व ह। रामनवमी चैत्र महिना के शुक्ल पक्षके नवमी तिथी के दिन मनावल जाला। प्रख्यात हिन्दु ग्रंथ रामायण के अनुसार एह दिन मर्यादा पुरुषाेत्तम श्री राम चन्द्र के जन्मोत्सव के रुप में मनावल जाला। रामनवमी चैत्र नवरात्र के बिच में परला से एह दिन भगवान राम के साथ साथ माता आदिशक्ति के पुजा आराधना कईल जाला। त्रेता युग में चैत्र शुक्ल नवमी के दिन अयोध्या में श्री राम चन्द्र जन्म भईल आ भगवान राम राक्षस के राजा रावण के वध कर के पृथ्वी के अत्याचार से मुक्ति दिलाईले रहनी ओकरा ईयाद में भी एह पर्व के मनावल जाला ।
एह दिन आस-पास के सब मन्दिर में भोरे से भक्तजन लोग के भिड उमडेला। जनकपुर स्थीत जानकी मन्दिर में आज के दिन भव्य मेला के आयोजन होला। नेपाल के विभिन्न क्षेत्र के लोग जनकपुर दर्शनला चहुंपेला ओसही भारत के कोना कोना से लोग जानकी मन्दिर के दुवारी चहुंपेला। राम सीता के वैवाहिक सम्बन्ध से प्राचीन काल से हीं नेपाल आ भारत के सम्बन्ध ईतिहास में अमर रहल बा। राम जी के जनकपुर जे दामाद के रुप में पुजे के चलन हमनी किहां पुर्खो से चलत आरहल बा। राम अपन कर्तव्य आ पिता के वचन के पालन करेला सारा सुख त्याग के चौदह वर्ष वन में बिता के स्वयं के एगो निष्ठावान पुत्र के रुप में साबित कईलें आ सीता से बिछोड भईला के बाद भी दुसर पर स्त्री के अपना जीवन में स्थान ना दिहलें एहिसे श्री राम चन्द्र के मर्यादा पुरुषाेत्तम कहल जाला।
रामायण कर्तव्य आ त्याग के गाथा ह। आज के दिन अयोध्या में भी बडा भव्य आयोजन के साथ राम लाला के जन्मोत्सव मनावल जाला। खिर,पुरी आ बिभिन्न प्रकार के मिठाई के भोग तैयार कईल जाला। राम लाला के नयाँ वस्त्र में सजा के उनकर श्रृङ्गार कईल जाला। हर मन्दिर चौराहा आज के दिन सोहर से गुंज उठेला।
राम लिहले जनमवा हो रामा चईत महिनवा अवध में बाजेला बजनवा हो रामा चईत महिनवा हुलसे कौशल्या हुलसे नगरीया नाचेले राजा दशरथ हो रामा चईत महिनवा
राम लिहले जनमवा हो रामा......अवध में बाजे बजनवा हो रामा.....
नान्हे नान्हे हाथवा नान्हे शरिरिया होठवा पर अद्भुत मुस्कनिया हो रामा चईत....झुमे अयोध्या के गलिया हो रामा चईत....
राम लिहले जनमवा हो रामा चईत....
अवध मे बाजेला बजनवा हो रामा चईत....
वरिषन से जहंवा फुल ना खिलल
सुन रहे राज महलिया हो रामा कहेली कौशल्या
धन भईल मोरा कोखिया हो रामा राम के जनमवा
राम लिहले जनमवा हो रामा चईत....
अवध में बाजेला बजनवा हो रामा चईत....